Showing posts with label Bhojpuri Jokes. Show all posts
Showing posts with label Bhojpuri Jokes. Show all posts

Friday, 20 November 2015

Ak tho Bhojpuri Chutkula joke

एक ठो भोजपुरी चुटकला।

एक बेर जंगल के राजा शेर बहुत गहिर गड़हा में गिर गईल। परेशान होके शेर एहर वोहर देखे लागल,
लेकिन कवनो रास्ता ना लउकल।
तबे उन्हवा पेड़ पर कहीं से एगो बानर आ गईल। शेरवा के एह हालत में देख के बनरा ओकर मजाक उड़ावे लागल... "का रे शेरवा, बड़का
राजा बनेले, अब त तोर
अकल ठिकाना आ गईल होई, अब शिकारी तोरा के मरिहन सन, तोर खाल निकाल के देवाल पर सजईहन सन.. तोर नोह आ दांत निकाल के दवाई बनईहन सन।"

तबे जवना डाल पर बनरा बईठल रहे, टूट गईल
आ बनरा सीधे शेर क
समनवे गिर गईल।

आ गिरते बनरा कहता-



"माई कसम दादा, खाली माफ़ी माँगे खातिर कुदनी ह।"😂